जमाना डिजिटल बा (देसी)
भाय ज़माना डिजिटल बा।। आपन आपन फोनवा पकड़े आपन आपन डेटा लइके, कोने अतरे सब बईठा बा। भाय ज़माना डिजिटल बा।। पढ़ाई लिखाई अउर खेलकूद बिसरेन लड़िका भएन उलूक फोनवई क मारा मार बा। भाय ज़माना डिजिटल बा।। किताबे पर मोबाइल धइके अंगुरी अंउठा खूब नचावइ मूठी मा पकड़े संसार बा। भाय ज़माना डिजिटल बा।। रील बनावइ के कुछौ करिहै खेते सेंवारे में गैयउ चरिहै दुआरे क गईया नरियात बा। भाय ज़माना डिजिटल बा।। घरे दुआरे क चिंता नाही खाय बनावइ के होश नाही फोनई में जिंदगी जात बा। भाय ज़माना डिजिटल बा।। मोह्ह चिंगोरि के फोटो लेइहैं सेल्फी लइके सगरौ भेजिहै फोनवा मा फिल्टर तमाम बा। भाय ज़माना डिजिटल बा।। उठतई मान मेकअप करिहै रहि रहि दिनभर शीशा देखिहै जइसे देखुहार आवत बा। भाय ज़माना डिजिटल बा।। बब्बा रतिया दिनवा खीझै फ़ोन देखि के चभुरी मीझै गारी क ओनके बयार बा। भाय ज़माना डिजिटल बा।। घरे घरे अब इहइ कहानी पइसा बहावई जैसे पानी देखा देखी में सब लुटात बा। भाय ज़माना डिजिटल बा।। फोनवा के धइ देतअ ओहरिया देखा न ओके दिन दुपहरिया समय के बरबादी होत बा। भाय ज़माना डिजिटल बा।। यारी दोस्ती या रिश्तेदारी फोनवई में सारी दुनियादारी कुल रिश्ता इहइ न...